· Reading time: 1 minute

पहिला-पहिला प्यार

जिया ले गईल
हमार
कजरा वाली हो
प्यार के मंतर
मार
गजरा वाली हो…
(१)
ऊ कबो छत
कबो खिड़की से
देखलस हमके
बेर-बेर मुड़के
हमरा बचपन के
यार
के रहे साली हो
जिया ले गईल
हमार
बिंदिया वाली हो
प्यार के मंतर
मार
झूमका वाली हो…
(२)
ऊ कबो फ़ोन
कबो मैसेज से
मीठ-मीठ
हमसे बतिया के
हंसी-मजाक में
देके
हमके गाली हो
ज़िया ले गईल
हमार
कंगना वाली हो
प्यार के मंतर
मार
नथिया वाली हो…
(३)
कबो फूलवारी
कबो बगअइचा
ऊ हमसे मिललस
आधी रतिया
कहे बन जा तू
हमरा
जोबन के माली हो
जिया ले गईल
हमार
अंगुठी वाली हो
प्यार के मंतर
मार
पायल वाली हो….

#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
(A Dream of Love)
#BolywoodGenius

11 Views
Like
Author
135 Posts · 3.2k Views
Lyricist, Journalist, Social Activist
You may also like:
Loading...