गीत · Reading time: 1 minute

निर्गुण

लिहलs घर संसार से मुँहवा मोड़ि
ए सुगना गइलs पिंजरवा के छोड़ि

तोहरे से रहे घर संसार फुलाइल
माई के छतिया में रहलs समाइल
गइलs माया के बजरिया छोड़ि
ए सुगना गइलs पिंजरवा के छोड़ि

नान्ह उमरि बाटे पूतरी-पुतरिया के
मंगिया वीरान कइलs मेहरिया के
असमय लिहलs चदरिया के ओढ़ि
ए सुगना गइलs पिंजरवा के छोड़ि

एकहे गो बतिया कबो ना भुलाई
कब के केकरा के छोड़ि के जाई
दिहलs करेजा सजनिया के कोड़ि
ए सुगना गइलs पिंजरवा के छोड़ि

काँचे मटिया के मानुस तनवा
साँचे बाटे राम नाम भजनवा
लिहलs गणेश से नातवा तोड़ि
ए सुगना गइलs पिंजरवा के छोड़ि

लिहलs घर संसार से मुँहवा मोड़ि
ए सुगना गइलs पिंजरवा के छोड़ि

गणेश नाथ तिवारी”विनायक”

1 Like · 1 Comment · 25 Views
Like
You may also like:
Loading...