गीत · Reading time: 1 minute

जबसे तू गइलू नइहरवा (चइता)

जिनिगी भइल बा जहरवा ये गोरी
नींद नइखे आवत
जबसे तू गइलू नइहरवा ये गोरी
नींद नइखे आवत

मुसुकी लगा के बइठल पजरा
बइठि के पँजरा मीठ मीठ झगरा
बिसरेला ना ऊ झगरवा ये गोरी-
नींद नइखे आवत
जबसे तू…

बिसरत नइखे ऊ एके में खाइल
जबसे तू गइलू भुखियो भुलाइल
रसे रसे बरसे नयनवा ये गोरी-
नींद नइखे आवत
जबसे तू…

बड़ी याद आवेला प्रेमवा के बतिया
प्रेमवा के बतिया आ फुलवा के रतिया
रही रही तरसे परनवा ये गोरी-
नींद नइखे आवत
जबसे तू…

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 20/03/2005

28 Views
Like
Author
संक्षिप्त परिचय : नाम- आकाश महेशपुरी (कवि, लेखक) मो. न. 9919080399 मूल नाम- वकील कुशवाहा जन्मतिथि- 15 अगस्त 1980 शैक्षिक योग्यता- स्नातक ॰॰॰ प्रकाशन- सब रोटी का खेल (काव्य संग्रह)…
You may also like:
Loading...